आजमगढ़ मंडल
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d8/Azamgarh_division.svg/260px-Azamgarh_division.svg.png)
आजमगढ़ मंडल भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के एक ठो प्रशासनिक मंडल (कमिश्नरी) बाटे। आजमगढ़ मंडल के गठन 15 नवंबर 1994 के, उत्तर प्रदेश के 14वाँ मंडल के रूप में भइल।[1]
एह मंडल में कुल तीन गो जिला आवे लें:
आजमगढ़ मंडल के उत्तर ओर गोरखपुर मंडल, पच्छिम ओर फैजाबाद मंडल आ दक्खिन ओर वाराणसी मंडल बा, पूरुब ओर एह मंडल आ उत्तर प्रदेश के सभसे पूरबी जिला, बलियाँ के सीमा बिहार राज्य के साथ बने ले।
आजमगढ़ मंडल के प्रमुख शहर आ कस्बा सभ में, मुख्यालय आजमगढ़ के अलावा लालगंज, मोहम्दाबाद, मऊ, रसड़ा, बेल्थरा रोड, सिकंदरपुर आ बलियाँ बाने।
इहो देखल जाल
- उत्तर प्रदेश के मंडल सब
- उत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्ट
- गोरखपुर मंडल - पुराना समय में जेकर हिस्सा आजमगढ़ मंडल रहल।
संदर्भ
- ↑ "Azamgarh NIC". Azamgarh.nic.in. Retrieved 2017-03-23.