आर्टिकल (ग्रामर)

आर्टिकल (अंग्रेजी: article) एक किसिम के समर्पित शब्दभेद चाहे शब्द के प्रकार होला जेकर इस्तेमाल संज्ञा भा संज्ञा पदबंध (नाउन फ्रेज) सभ के संज्ञी (रेफेरेंट, संज्ञा द्वारा जेकर नाँव बतावल जा रहल होखे) के पहिचान के करावे खातिर संज्ञा भा संज्ञा पदबंध सभ के संघे कइल जाला। आर्टिकल पार्ट ऑफ़ स्पीच के हिस्सा होला।

अंग्रेजी में दि/द (the) आ ए(एन) (a(n)) दुनों आर्टिकल हवें, जे संज्ञा के साथ मिल के संज्ञा पदबंध बनावे लें। आर्टिकल सभ से आमतौर पर संज्ञा पदबंध के व्याकरणिक निश्चितता के निर्दिष्ट कइल जाला, बाकी कई भाषा सभ में, ई लिंग, वचन आ कारक नियर अउरियो व्याकरणिक जानकारी ले के चले लें। आर्टिकल सभ एगो बड़हन कटेगरी के हिस्सा हवें जेकरा के डेटरमाइनर कहल जाला, इनहना में डिमांस्ट्रेटिव, पसेसिव डिटरेंटरक्वांटाइफायर भी सामिल कइल जालें। लिंग्विस्टिक इंटरलाइनियर ग्लॉसिंग में आर्टिकल के छोट रूप में ART लिखल जाला।

संदर्भ

बाहरी कड़ी