नारियल
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/3/32/Cocos_nucifera_-_K%C3%B6hler%E2%80%93s_Medizinal-Pflanzen-187.jpg/230px-Cocos_nucifera_-_K%C3%B6hler%E2%80%93s_Medizinal-Pflanzen-187.jpg)
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/6/65/Coconut_trunk.jpg/220px-Coconut_trunk.jpg)
नरियर चाहे नारियल (Cocos nucifera) एगो लमहर फेड़ होला जे गरम नम जलवायु वाला इलाका सभ में पैदा होला। ई आरकेसिये परिवार के पौधा हवे जिनहन के आम अंग्रेजी में पाम कहल जाला, एह परिवार के कोकोस जाति के ई एकलौता पौधा हवे। नरियर के पेड़ पर कड़ेर खोल वाला फल फरे ला जेकरा अंदर गरी आ पानी होला। आम भाषा में नारियल शब्द के मतलब एकर पेड़ आ फर दूनों हो सके ला। अंग्रेजी भाषा में एकरा के कोकोनट (Coconut) कहल जाला जेह में कोको शब्द पुर्तगाली आ स्पेनी भाषा से आइल हवे जेकर अरथ खोपड़ी होला, एकरे फर के कड़ेर खोपड़ी नियर खोल वाला होखे के कारन ई नाँव पड़ल हवे। संस्कृत में एकरा के नारिकेल कहल जाला आ कुछ जगह एकरा के श्रीफल भी कहल जाला जेकरा के भोजपुरी के सिरफल से अलग बूझे के चाहीं।
एकरे फर, तना आ पतई सभ के बिबिध इस्तेमाल होला। ई अपना इस्तेमाल के कारन दुनिया के सभसे उपयोगी पेड़ सभ में गिनल जाला। फल के इस्तेमाल कच्चा खाए से ले के बिबिध किसिम के पकवान बनावे में, पूरा पाक जाए पर सुखा के गरी के रूप में पकवान सभ में आ नारियल के तेल बनावे में इस्तेमाल होला; एकर कई तरह के दवाई सभ में इस्तेमाल होला। तना आ पत्ता अउरी रेशा सभ के इस्तेमाल कई तरह के घरेलू समान, सजावटी सामान, रसरी, चटाई वगैरह बनावे में होला आ कुछ इलाका में घर (छान-छप्पर) बनावे में भी होला।
गैलरी
-
नारियल के बागान
-
नारियल के फेड़ के बितान
-
मजिगर फर वाला नारियल
-
बजार में बिकात नारियल
-
ताजा डाभ
-
डाभ वाला नारियल पानी
-
छिलका उतार के रखल नारियल
-
तइयार (पाकल) नारियल के पानी
-
नारियल गरी जे सुखा के बनावल जाला
-
नारियल के चटाई बनावल
-
इहो देखल जाय
- नारियल पानी
- नारियल गरी