वर्णमाला

वर्णमाला (अंग्रेजी: alphabet; अल्फाबेट) कुछ बोलल जाए वाली भाषा सभ के शब्द चाहे उदगार सभ के लिखे के चीन्हा सभ (जिनहन के वर्ण भा अच्छर कहल जाला) के मानल सेट होला।[1] अक्षर चाहे वर्ण के रूप में लिखाई के ई चीन्हा सभ ग्राफेम कहालें जे कुछ खास आवाज के उच्चारण के चिन्हित करे लें जिनहन के फोनेम कहल जाला। अक्षर वाला वर्णमाला के इस्तेमाल से लिखाई सगरी भाषा सभ में ना होखे ला - जइसे कि चाइनीज भाषा में लिखे खातिर आइडियोग्राम सभ के इस्तेमाल होला जे कौनों अलग-अलग आवाज के हिस्सा भा फोनेम के ना बलुक पूरा शब्दवे के चिन्हित करे लें।[2][3] कुछ भाषा सभ में आवाज के छोट-छोट टुकड़ा, जिनहन के सिलेबल कहल जाला, के लिखाई के चीन्हा सभ द्वारा लिखल जाला।
वर्णमाला लिखाई के सिस्टम भा लिपि के हिस्सा होला। लिखाई के सिस्टम भा लिपि में वर्णमाला के अक्षर सभ के अलावा अउरी सहायक चीन्हा होखे लें जइसे कि बिराम चीन्हा वगैरह। उदाहरण खातिर ई लेख भोजपुरी भाषा में आ देवनागरी लिखाई के वर्णमाला में लिखल गइल बाटे। अंग्रेजी भाषा अंग्रेजी अल्फाबेट सभ के इस्तेमाल से लिखल जाले जे रोमन वर्णमाला से निकलल सिस्टम हवे। अइसन वर्णमाला वाली लिपि सभ के अलावा अइसन लिपि भी बाड़ीं जे लिखे खातिर अक्षर भा वर्ण के इस्तेमाल ना करे लीं बलुक चित्र सभ के इस्तेमाल करे लीं। अइसन चित्रलिपि सभ में वर्णमाला ना होला।
तकनीकी अर्थ में पहिला वर्णमाला के रचना प्राचीन मिस्र के लोग कइल।[4] एह मिस्रदेसी सिस्टम में छोट एक-शाब्दिक चीन्हा सभ के इस्तेमाल लोगोग्राम खातिर उच्चारण गाइड लिखे खातिर कइल जायँ, चाहे कौनों अइसन वर्ण जे कौनों शब्द, या रूपक के प्रतिनिधित्व करे आ बाद में, बिदेसियो शब्द लिखे खातिर इस्तेमाल कइल जाए लागल।[5] एकर इस्तेमाल 5वीं सदी ईसवी ले भइल।[6] पहिली पूरा तरीका से ध्वन्यात्मक लिपि, प्रोटो-सिनैटिक लिपि, जे फीनिक्स वर्णमाला में बिकसित भइल, पहिली वर्णमाला मानल जाले आ ई अरबी, सिरिलिक, ग्रीक, हिब्रू, लैटिन समेत अधिकतर आधुनिक वर्णमाला, अबजाद आ अबुगिडा सभ के पुरखिन हवे, आ संभवतः ब्राह्मी लिखाई के भी।[7][8] एकर रचना आधुनिक मिस्र के सिनाई प्रायदीप में सेमिटिक भाषी मजदूर आ गुलाम लोग द्वारा कइल गइल जेह में आवाज सभ के वर्णन करे खातिर मिस्र के परिवेश में मौजूद चित्रलिपि सभ के कुछ चीन्हा सभ के बीछ लिहल गइल जबकि एकरे बिपरीत कनान भाषा सभ के चीन्हा उच्चारण के ना बलुक शब्दार्थ के बतावे वाला रहलें।
अंग्रेजी के शब्द अल्फाबेट के उत्पत्ति अल्फा आ बीटा से भइल हवे जे ग्रीक लिखाई के पहिला दू अक्षर हवें। संस्कृत शब्द वर्णमाला के अरथ होला वर्ण - माने कि अक्षर सभ - के माला भा लर।
इहो देखल जाय
- भोजपुरी वर्णमाला
- अंग्रेजी अल्फाबेट
- हिंदी वर्णमाला
संदर्भ
- ↑ Pulgram, Ernst (1951). "Phoneme and Grapheme: A Parallel". WORD (अंग्रेजी में). 7 (1): 15–20. doi:10.1080/00437956.1951.11659389. ISSN 0043-7956.
- ↑ Daniels & Bright 1996, p. 4
- ↑ Taylor, Insup (1980), Kolers, Paul A.; Wrolstad, Merald E.; Bouma, Herman (eds.), "The Korean writing system: An alphabet? A syllabary? a logography?", Processing of Visible Language (अंग्रेजी में), Boston, MA: Springer US, pp. 67–82, doi:10.1007/978-1-4684-1068-6_5, ISBN 978-1-4684-1070-9, retrieved 2021-06-19
- ↑ Himelfarb, Elizabeth J. "First Alphabet Found in Egypt", Archaeology 53, Issue 1 (January/February 2000): 21.
- ↑ Cite warning:
<ref>
tag with nameDaniels
cannot be previewed because it is defined outside the current section or not defined at all. - ↑ Cite warning:
<ref>
tag with name:2
cannot be previewed because it is defined outside the current section or not defined at all. - ↑ Cite warning:
<ref>
tag with nameCoulmas 140
cannot be previewed because it is defined outside the current section or not defined at all. - ↑ Daniels & Bright 1996, pp. 92–96