ई पन्ना भोजपुरी विकिपीडिया पर वर्तमान आपसी सहजोग, चालू कामकाज, आ विकिपीडिया संबंधी समाचार के बारे में जानकारी देवे खातिर बा। नया बानी? देखीं विकिपीडिया पर योगदान पन्ना देखीं जहाँ अइसन सगरी जानकारी मिल जाई कि इहाँ कइसे सुरुआत कइल जाय।
आधार लेख सभ के अलावा अउरी कौनो लेख भी अगर पूरा न होखे आ ओकर बिस्तार कइल जा सकत होखे तब जरूर योगदान करीं।
विकिपीडिया पर सभसे छोट पन्ना देखीं आ इनहन के बढ़ाईं। संपादन सीखे खातिर देखीं: मदद:संपादन
अनुवाद करीं
विकिपीडिया कई सारा लेख बाने जिनहन के बनावे वाला लोग ओह दूसरा भासा के विकिपीडिया से नकल क के ले आइल सामग्री रख दिहले बा। एह लेखवन के अनुबाद करे में आप मदद क सकत बानी।
भोजपुरी विकिपीडिया पर बहुत सारा बिसय पर नया लेख बनावे के जरूरत बा। आप एह काम में मदद क सकत बानी। बस कुछ चीज के धियान राखीं - कवनो अइसन बिसय पर लेख मत बनाईं जे ज्ञानकोश में सामिल होखे लायक महत्व वाला न होखे, कोसिस करीं कि विकिपीडिया पर बतावल बिसय सभ में से बीच के ओह पर लेख बनाईं, अइसन बिसय पर लेख बनाईं जेह में ज्यादा से ज्यादा लोग के रूचि होखे आ जेकरे ज्यादा-से-ज्यादा लोग द्वारा देखल जाए के उमेद होखे।