सदर्ली बस्टर
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/50/Storm_clouds_over_the_Royal_National_Park%2C_Sydney%2C_NSW_Australia.jpg/290px-Storm_clouds_over_the_Royal_National_Park%2C_Sydney%2C_NSW_Australia.jpg)
सदर्ली बस्टर (अंग्रेजी: southerly buster)[1] ऑस्ट्रेलिया के न्यू साउथ वेल्स आ विक्टोरिया प्रांत में अचानक हवा में बदलाव हो के दखिनही हवा बहे लागे के आम बोलचाल के नाँव हवे।[2] ई हवा दक्खिन के ओर से आवे ले, आम गरम दिन के बदल देले आ मौसम ठंढा हो जाला आ कभी कभार खराब मौसम भी हो जाला। तापमान में नाटकीय रूप से अचानक गिरावट देखे के मिले ला आ पहिले के गर्मी से राहत मिले ले।[3]
गरम आ ठंढा हवा के सीमा के रूप में रोल नियर बादर देखलाई पड़े लें जे समुंद्र तट के लंबवत होखे लें जे दक्खिन ओर से आवत देखलाई पड़े लें आ हवा के साथे-साथ चले लें; हालाँकि,कभी-कभार एह हवा के साथ ई देखलाई पड़े वाला लच्छन नाहियों हो सके ला।[4] सिडनी में गर्मी के मौसम तस्मान सागरके ओर से आवे वाला एह कोल्ड फ्रंट के कारण समय समय पर ठंढा होखत रहे ला।[1]
इहो देखल जाय
संदर्भ
- ↑ 1.0 1.1 "Southerly Buster | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 28 अप्रैल 2022.
- ↑ 1850, B. C. Peck, Recollections of Sydney, quoted in 1978, G. A. Wilkes, A Dictionary of Australian Colloquialisms, ISBN 0-424-00034-2
- ↑ "SOUTHERLY BUSTER". Wellington Times. National Library of Australia. 23 December 1901. p. 2. Retrieved 27 March 2015.
- ↑ Southerly Busters Explained. The Australian Government Bureau of Meteorology. Accessed 21 February 2012.