ॐ नमः शिवाय
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/71/Om_Namah_Shivaya_in_Sri_Rudram_Hymn.png/280px-Om_Namah_Shivaya_in_Sri_Rudram_Hymn.png)
ॐ नमः शिवाय एगो हिंदू मंतर बा। हिंदू धर्म के चलनसार धार्मिक रीति रिवाज में ई काफी महत्व के मंतर हवे आ शैव मत में सभसे प्रमुख मंत्र में से एक हवे। एकरा के पंचाक्षर मंत्र भा शिव पंचाक्षर भी कहल जाला। एक शाब्दिक अरथ होला "भगवान शिव के नमस्कार बा"।
ई मंत्र अपना पंचाक्षर रूप "न मः शि वा य" में कृष्ण यजुर्वेद के श्री रुद्रम् के हिस्सा के रूप में आ शुक्ल यजुर्वेद के रुद्राष्टाध्यायी में आइल बा।