अंकोर वाट

अंकोर वाट
អង្គរវត្ត
अंकोर वाट is located in कंबोडिया
अंकोर वाट
कंबोडिया में लोकेशन
नाँव
अन्य नाँवनोकोर वाट (ख्मेर: នគរវត្ត)
पूरा नाँवPrasat Angkor Wat
भूगोल
भूगोलीय स्थिति13°24′45″N 103°52′0″E / 13.41250°N 103.86667°E / 13.41250; 103.86667निर्देशांक: 13°24′45″N 103°52′0″E / 13.41250°N 103.86667°E / 13.41250; 103.86667
देशकंबोडिया
क्षेत्रअंकोर, सिएम रीप प्रांत, कंबोडिया
भवन शैली
शैलीख्मेर
इतिहास आ प्रशासन
निर्माण तिथी12वीं सदी
रचनाकारसुरुआत कइलें सूर्यवर्मन II, पूरा कइलें जयवर्मन VII
ऑफिशियल नाँवAngkor
प्रकारसांस्कृतिक
पैमानाi, ii, iii, iv
तिथी1992(16वाँ सेशन)
रिफरेंस नं॰668
क्षेत्रएशिया आ प्रशांत क्षेत्र

अंकोरवाट (अंग्रेजी: Angkor Wat; ख्मेर: អង្គរវត្ត) कंबोडिया में मौजूद एगो मंदिर बाटे आ ई दुनिया के सबसे बड़हन धार्मिक स्थल हवे जवन 162.6 हेक्टेयर (1,626,000 वर्गमीटर) क्षेत्रफल में बिस्तार लिहले बा।[1] ई मूल रूप से हिंदू मंदिर के रूप में बनल रहे जवन धीरे-धीरे बौद्ध मंदिर में बदलत चलि गइल।[2] ई ख्मेर राजा सूर्यवर्मन दूसरा के द्वारा 12वीं सदी के शुरुआत में[3], तत्कालीन राजधानी यशोधरपुर, जवना के अब अंकोरथोम कहल जाला, में बनवावल गइल रहे। अपने पहिले के शैव राजा लोग के परमपरा से अलग हटि सूर्यवर्मन के बनवावल के ई मंदिर विष्णु के समर्पित बाटे। ई ख्मेर शैली के सभसे नीक उदाहरण हवे आ कंबोडिया के चीन्हा के रूप में पहिचानल जाला[4] आ उहाँ के झंडा पर भी देखावल गइल बाटे। ई कंबोडिया के सभसे प्रमुख पर्यटन आकर्षण भी बा।

अंकोर वाट, ख्मेर शैली के दू गो परंपरा - मंदिर-परबत आ गैलरीदार मंदिर के मिलन के उदाहरण भी हवे। ई मेरु परबत के नकल की रूप में बनावल गइल बाटे जवन हिन्दू धर्म में प्रचलित कथा में देवता लोग के निवास अस्थान मानल जाला। ई तीन चौकोर चबूतरा नियर खण्ड में बा जवना में एक खण्ड से ऊपर वाला पर जाये खातिर सीढ़ी बनल बाटे आ हर खण्ड गैलरी के रूप में कलात्मक ढंग से सजल बाटे।

एकर आधुनिक नाँव अंकोर वाट के अर्थ मंदिर के नगर या मंदिर के राजधानी बा। खमेर भाषा में अंकोर के मतलब "शहर" बा जवन इहाँ के देसी भाषा के नोकोर से निकलल मानल जाला, जवन खुद संस्कृत के नगर के बिगाड़ से बनल हऽ। वाट माने मंदिर होला जवन खुद संस्कृत के वाट शब्द के मतलब होला।[5]

इतिहास

मंदिर के सामने से लिहल तस्वीर

अंकोर वाट आधुनिक सीम रीप नाँव के कस्बा से 5.5 किलोमीटर के दूरी पर उत्तर ओर बाटे आ पुरनकी राजधानी, जवन बाफुनो के लगे रहे, के थोड़िके दूर दक्खिन ओर पुरुबाहुत हटि के बाटे। अंकोर के मंदिरन में ई सभसे दक्खिन में बाटे।

कथा के मोताबिक एह मंदिर के निर्माण के आदेस इंद्र दिहले रहलें। तेरहवीं सदी के एगो चीनी यात्री इहो वर्णन कइलें बा की ई मंदिर, मानल जाला की, कौनों दिब्य आर्किटेक्ट एकही राति में बना दिहलें।

इतिहास के हिसाब से देखल जाय त ई मंदिर के सुरुआती डिजाइन बारहवीं सदी के सुरु के हिस्सा में, सूर्यवर्मन दूसरा (शासन 1113 – ल 1150 ई) बनावल गइल रहे। ई बिष्णु के समर्पित मंदिर रहे आ ई राजा के मंदिर आ एकरे आसपास के इलाका राजधानी बनावे के बिचार से डिजाइन कइल गइल रहे। एकर मूल नाँव मालुम नइखे की का रखल गइल रहे। राजा के मरला के बाद एह मंदिर के कुछ काम अधूरा रहि गइल। सूर्यवर्मन के मौत के लगभग 27 बरिस बाद इहाँ चाम लोग, जे ख्मेर लोग के परंपरागत दुश्मन रहे, के आक्रमण भइल आ अंकोर के लूट लिहल गइल। बाद में एकरा के जयवर्मन सातवाँ, जे इहाँ से थोड़ी दूर उत्तर में (अंकोर थोम आ बाद में बायन में) आपन राजधानी बनवलें, एह मंदिर के उद्धार कइलें। बारहवी सदी के अंत आवत-आवत ई मंदिर बौद्ध परभाव में आवत चलि गइल जवन अभिन ले जारी बाटे।

पछिला ओर से लिहल हवाई चित्र

संदर्भ

  1. "Largest religious structure". Guiness World Record.
  2. Ashley M. Richter (सितंबर 8, 2009). "Recycling Monuments: The Hinduism/Buddhism Switch at Angkor". CyArk. Retrieved 6 जनवरी 2016.
  3. Higham, C. (2014). Early Mainland Southeast Asia. River Books Co., Ltd. pp. 372, 378–379. ISBN 978-616-7339-44-3. {cite book}: Unknown parameter |city= ignored (help)
  4. "Government ::Cambodia". CIA World Factbook. Archived from the original on 2010-12-29. Retrieved 2016-01-06.
  5. Cambodian-English Dictionary by Robert K. Headley, Kylin Chhor, Lam Kheng Lim, Lim Hak Kheang, and Chen Chun (1977, Catholic University Press)

बाहरी कड़ी