रमजान
रमजान رمضان | |
---|---|
![]() पहिला चाँद, बहरीन में, जेकरे साथ ई महीना सुरू होला | |
मनावे वाला | मुसलमान लोग द्वारा |
प्रकार | धार्मिक |
मनावे के तरीका | सामुदायिक इफ़्तार आ प्रार्थना |
Observances |
|
सुरू | 1 रमजान |
अंत | 29, भा 30 रमजान |
समय | बदलाव वाला (चंद्र कैलेंडर) |
केतना बेर | सालाना (चनरमा आधारित कैलेंडर) |
संबंधित बा | ईद-उल-फित्र |
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/00/%D9%87%D9%84%D8%A7%D9%84_%D8%B1%D9%85%D8%B6%D8%A7%D9%86.jpg/220px-%D9%87%D9%84%D8%A7%D9%84_%D8%B1%D9%85%D8%B6%D8%A7%D9%86.jpg)
रमजान, रमज़ान भा अरबी उच्चारण रमादान, इस्लामी कलेंडर के नउवाँ महिन्ना हवे आ पूरा दुनिया के मुसलमान लोग एह महीना के उपास (ब्रत) के द्वारा मनावे ला जे इस्लामिक मान्यता अनुसार कुरआन के पहिला पहिल प्रगटहोखे के उपलक्ष में मनावल जाला। ई सालाना तिहुआर हवे आ एह तिहुआर के मनावल, यानी कि उपास भा बरत राखल, सौम भा सोम के नाँव से जानल जाला आ ई इस्लाम के पाँच गो आधार में से एक मानल जाला।
ई महीना 29-30 दिन के होला आ चाँद के ऊपर आधारित होला। इस्लामी कैलेंडर के चाँद आधारित होखे के कारन ई महीना सीजन के हिसाब से देखल जाय तब घस्कत रहे ला। एकरे नाँव के पैदाइश अरबी शब्द रमा'दा से बतावल जाला जेकर मतलब होला "खूब गरम सीजन"।