लाइब्रेरी
लाइब्रेरी अइसन स्रोत होला जहाँ जानकारीपरक चीज के बाकायदा रखरखाव से सहेज के रखल गइल होला जवना के मेंबरशिप लेवे वाला लोगन के भा मै आम जनता खातिर उपलब्ध करावल जाला कि ऊ जानकारी ले चहुँप सके, इशू करा के पढ़ देख सके। ई कौनों भौतिक रूप में कौनों जगह पर स्थित हो सके ला या फिर डिजिटल-वर्चुअल हो सके ला, या दुनों किसिम के हो सके ला। आमतौर पर लाइब्रेरी में किताब, जर्नल, पत्रिका, अखबार, आडियो, बीडियो वगैरह के सहेजल गइल होला।