सड़क
पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर |
---|
मुंबई-पुणे एक्सप्रेसवे, भारत के कुछ प्रमुख सभसे बेहतरीन सड़क सभ में से एक |
संपति आ सुबिधा |
कांसेप्ट |
|
सड़क (अंग्रेजी: Road; उच्चारण: रोड) जमीन पर बनल रस्ता होला जेकरा के कौनों तरीका से सपाट आ मजबूत बनावल गइल होला ताकि आवागमन में सुबिधा होखे; एह में रेल पटरी आ हवाई पट्टी नियर चीज के ना गिनल जा सके ला; आमतौर पर पहिया वाला बाहन, जेह में ट्रक से ले के साइकिल आ बैलगाड़ी ले सामिल बा, के आसानी से चले लायक बनावल रस्ता के सड़क के रूप में जानल जाला। भारतीय संदर्भ में हाइवे से ले के प्रमुख जिला सड़क (एमडीआर) आ अउरी छोटहन पक्की सड़क सभ के एह में शामिल कइल जाला। खाली माटी पाट के भा जमीन के बराबर कइ के बनावल रास्ता सभ के आमतौर पर चकरोड कहल जाला आ अइसन चकरोड सभ पर या गली सभ में ईंटा बिछा के मजबूत कइल रस्ता के खड़ंजा कहल जाला।
अलगा-अलगा देस सभ में सड़क के परिभाषा भी अलगा-अलगा हो सके ला उदाहरण खाती यूनाइटेड किंगडम में सड़क के परिभाषा उहाँ के हाइवे एक्ट के तहत निर्धारित कइल गइल बा। अमेरिका में पब्लिक रोड आ प्राइवेट रोड में अंतर कानूनी तौर पर स्थापित बाटे।
सड़क के प्रकार, एह में मौजूद लेन सभ के संख्या के आधार पर भी निर्धारित कइल जाला।